का बा...
रुपईपुर में का बा…!!!
ताल बा गाड़ा पात बा,
रोहू,कतला,साग बा,
नहर बा रेत बा,
चारो तरफ खेत बा,
टिबुल बा नाली बा,
पर ओहमें ना पानी बा।
का बा… स्कूल-अस्पताल ना बा का?
प्राइमरी बा मिडिल बा,
दसवीं और बारहवीं बा,
डिस्पेंसरी के नाम बा,
आयुर्वेदिक अस्पताल बा।
का बा...
बाग बा बगीचा बा,
खेत खलिहान सब सींचा बा,
छान,छप्पर,रोटी बा,
बड़का बाबू के कोठी बा।
का बा...
डीह बाबा,काली माई,
चतुर्भुज बाबा,सप्तमी माई,
दुआरे दुआरे इनार बा,
साइकिल,बाइक,कार बा,
भैस-गाय मुर्गा - मुर्गी बा,
नाइ,धोबी,दरजी बा।
का बा..अउर रोजगार ना बा का?
साहेब बाटेन बाबू बाटेन,
झौआ भर अध्यापक बाटेन,
दरे दरे दुकान बा,
समोसा चाट पकवान बा,
आधा गांव कमात बा,
बाकी बइठि के खात बा,
दिल्ली मुंबई कमात बा,
रुपया सब गांव में जात बा।
हमरे गऊआ के शान बा,
खेती करत किसान बा।
का बा....
दाल भात तरकारी बा,
इहा न कोई भिखारी बा,
कीर्तन भजन अउर कजरी बा,
होली दीवाली हुड़दंग बा,
इहा सबै दबंग बा,
देशी बा अंग्रेजी बा,
गांजा चिलम बीड़ी बा,
खैनी पान सरौता बा।
का बा....
बेटवा,बिटिया,मेहरारू बा,
ट्रैक्टर खड़ा दुआरी बा,
किसान बा जवान बा,
सफाचट बलवान बा,
कट्टा बा तलवार बा,
लाठी भाला कटार बा,
लाइसेंसी बन्दूक बा,
कारतूस भरा सन्दूक बा।
का बा... विकास ना बा का?
खड़ंजा और पिच बा,
नाली गांव के बीच बा,
जाति पाती के बंधन तोडे,
गऊआ में बहुत विकास बा,
धान गेंहू गन्ना के बहुतै पैदावार बा,
देवी दुर्गा माता के कृपा सबके पास बा।
का बा... नेता ना बाटेन का?
छोटके नेतन के खान बा,
हर झंडा हर निशान बा,
परधानी बा सदस्यी बा,
उही में खींचतान बा,
नहर की पुलिया संसद जइसन,
देस दुनिया के होत विचार बा।
का बा... कहाँ बा तोहार गांव?
अखण्डनगर ब्लॉक बा,
सहत पुर के पास बा,
बेलवाई स्टेशन बा,
बीबीगंज बाजार बा,
पूरे जिलवा में नाम बा,
जहाँ कन्हाईन ताल बा।
जय हो…रुपईपुर की।
मेरी ✍️ से
सज्जन सिंह
17.10.2020
टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें